ई किरिया ह: उमेश कुमार राय
आखिर ई त हउए किरिया। का इहे हउए राउर किरिया ? संसद के ना कबो चले दिहल विकास के संउसे फंड खईलs तबो कबो ना डेकार लिहलs कहाँ गईल संविधान किरिया आखिर ई त हउए किरिया। नयका अपराध के ढंग बनवलs बचे खातिर हर उपाय सजवलs छल - परपंच से बेगुनाह बनलs कहाँ गईल गीता-कुरान के किरिया आखिर ई त हउए किरिया। घूस से आपन घर - बार बनल क्रप्शन से आपन परिवार सजल ईनसाफ के मजाक खूबे उड़ल कहाँ गईल वर्दी आ फर्ज के किरिया आखिर ई त हउए किरिया। जब जीव सांसत में पड़ जाई सग्गी भी मुंहवा फेर जाई हर बचाव के उपइया टर जाई ईमान-धरम जब तरजुई चढ़ जाई तब जी-डाठी दे खाईला किरिया आखिर ई त हउए किरिया। उमेश कुमार राय ग्राम+पोस्ट- जमुआँव थाना- पिरो जिला- भोजपुर, आरा (बिहार)