रोटी के सवाल: हरेश्वर राय

करे लागल एगो रोटी
सवाल सांवरो
रहे पटरी पर गिरल
निढाल सांवरो।

कहां गइल उ भोलाभाला
हम जिनकर पकवान रहीं
सपनपरी हम जेकर रहनी
हम जिनकर भगवान रहीं
कहां गइल सभकर प्यारा
गोपाल सांवरो।

मानस के चउपाई रहे उ
रहल गीता के पाठशाला
कहां गइल उ करम बीर
जे रहल बहुत दिलवाला
बोलs नाहीं त आ जाई
भूचाल सांवरो।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी