बिना सुर बिना ताल जिंदगानी भइल: हरेश्वर राय

बिना निमक के दाल जिंदगानी भइल
बे खड़ग बिना ढाल जिंदगानी भइल।

सझुरावल जाता हेने त होने अझुराता
बड़ मकड़ा के जाल जिंदगानी भइल।

फूल खिले के मौसम खतम हो गइल
बिना हाल के बेहाल जिंदगानी भइल।

खेल अइसन अवारा हवा कर गइल
बिना चोप के पंडाल जिंदगानी भइल।

फाटि गइली बंसुरी आ फूटले मंजीरा
बिना सुर बिना ताल जिंदगानी भइल।

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'