बुढ़उती के दरद: हरेश्वर राय

मार उमिर के अब त सहात नइखे
साँच कहीं बुढ़उती ढोआत नइखे।

ओढ़े आ पेन्हे के सवख ना बाँचल
फटफटी के किकवा मरात नइखे।

बाँचल नरेटी में इच्को ना दम बा
गरजल त छोड़ दीं रोवात नइखे।

भूख प्यास उन्घी कपूरी भइल सब
हमसे तिकछ दवाई घोंटात नइखे।

लोगवन के नजरी में भइनी बेसुरा
गीत गज़ल सचमुच गवात नइखे।

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी