कमाए अब ना जाइब ए बाबा: हरेश्वर राय

चाहे लाख रावा हमके समुझाईं
कमाए अब ना जाइब ए बाबा।

जेकरे खातिर हम कइनी
आपन कुरबान जवानी
बिपतकाल में उहे करत बा
हमरा संग बएमानी
बिना मोल के भइल सेवकाई।।कमाए..।।

हमीं बिछवनी रेल पटरिया
हमीं बनवनी पूल
महल अटारी हमीं बनवनी
हमीं खिलवनी फूल
हमरे होता लाटा जस कुटाई।।कमाए..।।

ओने से तो गइबे  कइनी
एनिओ के ना बानी
त्रिशंकु के हाल भइल बा
बीचहीं लटकल बानी
हाथ मलतानी छूटता रोवाई।।कमाए..।।

गवहीं मरब गवहीं खपब
बहरा अब ना जाइब
किरिया खाके कहतानी
एहीजे जीयब खाइब
चाहे लाख रउरा मारीं गरियाईं।।कमाए..।।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'