गुमसुम गाँव उदास: हरेश्वर राय

अहरी के कगरी बइठल बा
गुमसुम गाँव उदास।

सूखल नदिया नरवा सूखल
बाहा पइन के धरवा सूखल
लमहर भइल पियास।

जामुन सूखली सूखले गुलर
चढ़ल करइली नीमी ऊपर
सोपह भइल मिठास।

धुआँ पी के खाँस रहल बा
साँचल बाँचल नास रहल बा
मरूआ गइल पलास।

दुअरा दुअरा भइल सियासी
देवचउरा ले रहल उबासी
सगरो घुलल खॅटास।

तीसीआ में ना बाँचल तेल
साफे खतम दिया के खेल
अब का होई उजास।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'