रंगदार हो गइल: हरेश्वर राय

रंगदार हो गइल
मोरा गांव के लल्लू।

ठेलठाल के इंटर कइलस
बी ए हो गइल फेल
रमकलिया के रेप केस में
भोगलस कुछ दिन जेल

त सरदार हो गइल
मोरा गांव के लल्लू।

खादी के कुरुता पैजामा
माथे पगरी लाल
मुंह में पान गिलौरी दबले
चले गजब के चाल

ठेकदार हो गइल
मोरा गांव के लल्लू।

पंचायत चुनाव में
कइलस नौ परपंच
समरसता में आग लगाके
चुनल गइल सरपंच

सरकार हो गइल
मोरा गांव के लल्लू।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी