रंगदार हो गइल: हरेश्वर राय

रंगदार हो गइल
मोरा गांव के लल्लू।

ठेलठाल के इंटर कइलस
बी ए हो गइल फेल
रमकलिया के रेप केस में
भोगलस कुछ दिन जेल

त सरदार हो गइल
मोरा गांव के लल्लू।

खादी के कुरुता पैजामा
माथे पगरी लाल
मुंह में पान गिलौरी दबले
चले गजब के चाल

ठेकदार हो गइल
मोरा गांव के लल्लू।

पंचायत चुनाव में
कइलस नौ परपंच
समरसता में आग लगाके
चुनल गइल सरपंच

सरकार हो गइल
मोरा गांव के लल्लू।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी