चानी काटsत बानी रउआ राजधानी में: हरेश्वर राय

पतझड़ ढुकल आके हमनी के बगानी में
चानी काटsत बानी रउआ राजधानी में ।

फूलन के बूनी में रावा ओने भींजत बानी
एनिया बज्जर गिरतs खेत- खरिहानी में ।

साठा वाला पाठा बनके जानी उड़त बानी
घुनवा लागि रहल बा हमनी के जवानी में ।

छानत घोंटत रावा बानी मेवा अउर मलाई
खलिहा तसला एनिआ ढनकता चुहानी में ।

हमनी के बोली भासा के कइनी भूंसी भूंसी
रावा बोलत बानी खलिसा अब जापानी में।

आईं आईं राजा जानी आंख बिछवले बानी
चुकुता करबs कुल्ह हिसबवा अगुआनी में।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी