भछि जाईं गरीबवन के रासन पिया: हरेश्वर राय

अब का करे के बाटे जोगासन पिया
रउरा मुठी में आइल परसासन पिया।

मुखिअइया मिलल बा बड़ी भागि से
एगो चनिया के लेलीं सिंघासन पिया।

मनsरेगवा करोनवा के माल चांप लीं
भछि जाईं गरीबवन के रासन पिया।

अब सफारी कीनीं धुरि उड़ावत चलीं
पीहीं कोटवा के सरबे किरासन पिया।

रोज कलिया दुकलिया के इज्जत लूटीं
रउआ संचहूं के बनिके दुसासन पिया।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी