गाँव के हाल: हरेश्वर राय

गउंवे के लइकी ले भागल  बा मलुआ
मौगी के ओकरा घोंटात नइखे हलुआ।

जटुल कक्का भइल बाड़े नेता  निठाह
बुढ़ौती में नक्कट के भइल हा बिआह।

पांच काठा बांचल रहे उहो बिकाइल हा
भिखारी के नाधा आ जोती टंगाइल हा।

पुजारी जी के जियरा परल बा सकेत में
भगतिनिया के संगे धराइल बाड़े खेत में।

पंडइया के रखनी चुनाइल बिया मुखिया
देखीं उघारत बिया केकर केकर बखिया।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी