गाँव के हाल: हरेश्वर राय

गउंवे के लइकी ले भागल  बा मलुआ
मौगी के ओकरा घोंटात नइखे हलुआ।

जटुल कक्का भइल बाड़े नेता  निठाह
बुढ़ौती में नक्कट के भइल हा बिआह।

पांच काठा बांचल रहे उहो बिकाइल हा
भिखारी के नाधा आ जोती टंगाइल हा।

पुजारी जी के जियरा परल बा सकेत में
भगतिनिया के संगे धराइल बाड़े खेत में।

पंडइया के रखनी चुनाइल बिया मुखिया
देखीं उघारत बिया केकर केकर बखिया।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी