इहे हाल चाल बा: हरेश्वर राय

गईंया के पकड़ी प बइठल बा गीध
मुस्किल मनावल बा होली आ ईद।

खेतन में एह साल फूटल बा भूआ
सहुआ दुआरी पर बइठल बा मूआ।

चूल्हन के फोरि फोरि माटी बंटाईल
आगन के छाती बा चरचर चिराईल।

मेहरि के ठेहुन के तेल सुखाइल बा
बेटी के आंख में माड़ा फुलाइल बा।

मू गइले बाबू हमार भइल ना दवाई
माई के पिनसीन प होखता लड़ाई।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी