इहे हाल चाल बा: हरेश्वर राय

गईंया के पकड़ी प बइठल बा गीध
मुस्किल मनावल बा होली आ ईद।

खेतन में एह साल फूटल बा भूआ
सहुआ दुआरी पर बइठल बा मूआ।

चूल्हन के फोरि फोरि माटी बंटाईल
आगन के छाती बा चरचर चिराईल।

मेहरि के ठेहुन के तेल सुखाइल बा
बेटी के आंख में माड़ा फुलाइल बा।

मू गइले बाबू हमार भइल ना दवाई
माई के पिनसीन प होखता लड़ाई।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी