मन उदास बा: हरेश्वर राय

सुखात नदी जस
मन उदास बा।

असरा के चान प
लागल बा गरहन
सपना के पांखी प
घाव भइल बड़हन
डेगे डेग पसरल
खाली पियास बा।

आंखी के बागी में
पतझड़ के राज बा
मन के मुंड़ेरा प
गिर रहल गाज बा
उदासी के गरल से
भरल गिलास बा।

हंसी के फूल प
उगि आइल सूल
खुसी के खेत में
बा जामल बबूल
केकरा के कहीं गैर
के आपन खास बा।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'