ए बाबा काहे बता द: हरेश्वर राय

काहे बा फगुनवा उदास
ए बाबा काहे बता द।

कली मुसुकइली ना कूकली कोइलिया
सुगना के ठोर से उड़ल ओठ ललिया
काहे ना फूलल पलास
ए बाबा काहे बता द।

बछिया संवरको ना काहे पगुराली
सोकना बरध के बा धइले अलाली
भुअरी के फूटल बा भनास
ए बाबा काहे बता द।

खेत खरिहनियन में भूतवन के डेरा
काहे सिवनवा प उठता बंड़ेरा
काहे सूखल बा बनास
ए बाबा काहे बता द।

हमरा अंगनवा के तुलसी झुरइली
छान्ही प चढ़ल बिया करुई करइली
काहे बढ़ल बा तींतास
ए बाबा काहे बता द।

हथवा में कमवा ना आंखी में सपनवा
काहे बढ़ल बड़ुए अतना दमनवा
काहे रुसल बा उजास
ए बाबा काहे बता द।

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'