मोर जिउआ परल बा अफतरा में: हरेश्वर राय

अफतरा में जी, बड़s अफतरा में
मोर जिउआ परल बा अफतरा में।

आईं आईं पंडिजी गोड़ लागतानी
बुचिया ले अइहे रे लोटवा में पानी
देखीं भगिया हमार तनी पतरा में।

ए दुनिया के पाधुर बा कइले करोना
हमरी जवनिया में लागतs  बा नोना
कुछु रोजहीं टूटता हमरा भितरा में।

रहि रहि के आवत बा ठंढा पसीना
जेबी में पइसल बा जेठ के महीना
अब त बरवो रंगाता अलकतरा में।

लागतs रहे कि दिनवा हमरो बहुरी
आरे! हमहूं बजाइब चएन के बंसुरी
राहि कटलस बिलाइ बीचे जतरा में।

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'