आरे रे रे बड़ी डैंज-रस बा करोना: हरेश्वर राय

कहsता लोग मुंहवा बनाके तिकोना
आरे रे रे बड़ी डैंज-रस बा करोना।

बन्द बाटे खिड़की आ घर के केवाड़ी
सबके जिनिगिया में लागताटे नोना।

जेने देखsतानी ओने मुंह में बा जाबी
होशियार होशियार खांसो छींको ना।

जान बाटे तबहीं जहान बा ए बबुआ
ओढ़ि ओढ़ि कमरी घीउआ पियो ना।

प्रेमवा के दुश्मन करोना निसतनिआ से
रोज -रोज दू -दू हांथ सभे करो ना।

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी लोकजीवन के अंग - नृत्य, वाद्य आ गीत - संगीत- प्रो. जयकान्त सिंह