खाली खाली थाली देखनी: हरेश्वर राय

गांवन में फटहाली देखनी
नगरन में बदहाली देखनी
मेहनतकस अदमी के हाथे
खाली खाली थाली देखनी।

ठंढा चूल्हा चिसत देखनी
गोड़े बेवाई रिसत देखनी
मालिक लोगन के सेवा में
कइ गो एंड़ी घिसत देखनी।

त्योहारन के रोवत देखनी
बीज फूट के बोवत देखनी
परवत जइसन दरद लेके
बाबूजी के ढोवत देखनी।

फूलन के मरुआइल देखनी
सूलन के अगराइल देखनी
अगहन पूस महीना में भी
दुपहरी खरुआइल देखनी।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'