खाली खाली थाली देखनी: हरेश्वर राय

गांवन में फटहाली देखनी
नगरन में बदहाली देखनी
मेहनतकस अदमी के हाथे
खाली खाली थाली देखनी।

ठंढा चूल्हा चिसत देखनी
गोड़े बेवाई रिसत देखनी
मालिक लोगन के सेवा में
कइ गो एंड़ी घिसत देखनी।

त्योहारन के रोवत देखनी
बीज फूट के बोवत देखनी
परवत जइसन दरद लेके
बाबूजी के ढोवत देखनी।

फूलन के मरुआइल देखनी
सूलन के अगराइल देखनी
अगहन पूस महीना में भी
दुपहरी खरुआइल देखनी।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी