खेल जारी बा: हरेश्वर राय

सहादत पर सियासत के खेल जारी बा।
अमानत में खेआनत के खेल जारी बा।

सत्तरो से ऊपर के होखली इ आजादी
बिरासत के तिजारत के खेल जारी बा।

कहे खातिर बा कानून के राज बाकिर
हिरासत के जमानत के खेल जारी बा।

गांव से सहर तक संड़क से सदन तक
बयमानन के स्वागत के खेल जारी बा।

लोकतंत्र के नांव प सालन पच्चास से
हर जगहा महाभारत के खेल जारी बा।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी