सब अखबारी बा: हरेश्वर राय

जनता धुधुकारी राजा अधकपारी बा
सब हवा-हवाई बा सब अखबारी बा।

रामराज के सपना घूमता लुआठाईल
सहीदन के कर्जा अभी ले उधारी बा।

देस के खजाना लेके उड़ल गोसईंया
बैठल बिदेसवा में  काटत फरारी बा।

भठिहारा के नांव बाटे बाल ब्रह्मचारी
रुप में कलक्टर के घूमत पटवारी बा।

बिकास के डुगी बहुते पीटाता बाकिर
बिछौना हमार त अभी ले पेटाढ़ी बा।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी