तिरसंकु के हाल

गूंडा- मवालीन आ लूकड़न के राज बा
लंगवन- बहेंगवन के मुंडी पर ताज बा।

लुच्चन के, टुच्चन के, छतिया उतान बा
एहनी के इचिको ना डर बा ना लाज बा।

बोकड़न- लफंगन के चलती बा देस में
सहजे का एहनी के अपना पर नाज बा।

कुक्कुर के पोंछ अस एहनी के मोंछ बा
अंगुरिन में एहनी के भरल पोखराज बा।

बाटे हलिया हमार त भइल  तिरसंकु के
जमीनिया प‌‌र सरप आ बदरी में बाज बा।

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी