पिरितिया करेले गजबे कमाल।

पिरितिया करेले गजबे कमाल
सनेहिया करेले गजबे कमाल।

नैनन में बसेली कवनो सुरतिया
मती के गती के होला दुर्गतिया
होला बउड़म भंवरवा के हाल
पिरितिया करेले गजबे कमाल।

निंदिया ना आवे ना परे चएनवा
दिलवा में दरद उठेला बएमनवा
चलेली सन आंख मिरिगा चाल
पिरितिया करेले गजबे कमाल।

अंबरो से ऊंचा रहेला अरमनवा
बरहो महीना बसंत के समनवा
पुरवाई निगोड़िया करेले बेहाल
पिरितिया करेले गजबे कमाल।

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी