पिरितिया करेले गजबे कमाल।

पिरितिया करेले गजबे कमाल
सनेहिया करेले गजबे कमाल।

नैनन में बसेली कवनो सुरतिया
मती के गती के होला दुर्गतिया
होला बउड़म भंवरवा के हाल
पिरितिया करेले गजबे कमाल।

निंदिया ना आवे ना परे चएनवा
दिलवा में दरद उठेला बएमनवा
चलेली सन आंख मिरिगा चाल
पिरितिया करेले गजबे कमाल।

अंबरो से ऊंचा रहेला अरमनवा
बरहो महीना बसंत के समनवा
पुरवाई निगोड़िया करेले बेहाल
पिरितिया करेले गजबे कमाल।

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'