बसंत के उठान लागेलू।।

तोके सुंदर बनौले भगवान हो, 
पूनम के तूं चान लागेलू।
रंग देहिंया के सोना समान हो, 
तूं सुंदर बिहान लागेलू।।

तोहरा के देखी भंवर बउराला
खिलल फूल समझि मेंड़राला।
शकुंतला के झूठ बा बखान हो
बसंत के उठान लागेलू।।

गरवा तहार बा सुराही के भांती
खीरा के बिया नियर दांत पांती।
मीठ बोलिया लवाही समान हो
खुदा के बरदान लागेलू।।

तहरा से बाटे एकहीं हथजोरिया
तनीसा फेरि द एनिओ नजरिया।
पूर मूरख के कइ द अरमान हो
तूं देवीजी महान लागेलू।।

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी