रउरे नमवा नन्दकुमार गोबर्धनधारी ए हरी

रउरे नमवा नन्दकुमार गोबर्धनधारी ए हरी
रउरे हईं किसन मुरारी रास बिहारी ए हरी।।

राउर जनम भूमि हे केशव हउवे मथुराधाम
स्याम रंग बदरी से लेके हो गइनी घनस्याम
रउरे पार्थ सारथी मधुसूदन चक्रधारी ए हरी।

कंसारी गोबिंदा छलिया मोहन मदन मनोहर
मायापति माधव रउरा जी बनवारी मुरलीधर
कंसन असुरन के नास करीं असुरारी ए हरी।

यादवेन्द्र गिरधर गोपेश्वर योगिपति अघहारी
देवकी नंदन रास रचईया रउरा कुंज बिहारी
एक बेर भठयुग में पधारीं लीलाधारी ए हरी।