रउरे नमवा नन्दकुमार गोबर्धनधारी ए हरी

रउरे नमवा नन्दकुमार गोबर्धनधारी ए हरी
रउरे हईं किसन मुरारी रास बिहारी ए हरी।।

राउर जनम भूमि हे केशव हउवे मथुराधाम
स्याम रंग बदरी से लेके हो गइनी घनस्याम
रउरे पार्थ सारथी मधुसूदन चक्रधारी ए हरी।

कंसारी गोबिंदा छलिया मोहन मदन मनोहर
मायापति माधव रउरा जी बनवारी मुरलीधर
कंसन असुरन के नास करीं असुरारी ए हरी।

यादवेन्द्र गिरधर गोपेश्वर योगिपति अघहारी
देवकी नंदन रास रचईया रउरा कुंज बिहारी
एक बेर भठयुग में पधारीं लीलाधारी ए हरी। 

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी