फूल बनके रह गइल: हरेश्वर राय

चुप्पे से आइल पुरवइया, कनवा मे कुछ कह गइल।
परबत बरोबर रहल पतझड़, भरभरा ऊ ढह गइल।।

जतना ऊंच खाला रहल ह, हो गईल साफे बरोबर।
ओठ जवन ह रहल झुराईल, फूल बनके रह गइल।।

फुलवरिया के फेंड से कोइलर, लागल तान अलापे।
हरियरिया जलधार बनल, आ खेते बधारे बह गईल।।

तितली रानी तितलीन संगे निकलल सैर सपाटा प।
फूलन के दोकान मे जाके कीनलस आ बेसह गइल।।

मकरंदा पगला आवारा फट फुलवारी में ढुक गइल।
जवने मिलली कली राह में अंकवरिया में गह गइल।।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी