फुटानी में: हरेश्वर राय

फुटानी में जी फुटानी में
गइली हमरी जवानी, फुटानी में।

मति उपरजनी ना हरि नाम जपनी
माई मेहरिया के नाक कान बेंचनी
हेललि- हेललि भंइसिया पानी में।

देसवा समजवा के सेवा ना कइनी
खेते -खरिहानी में कबहूं ना गइनी
लगवनी खाली माजमा दलानी में।

बाबूजी कुफुती चिलारी प गइलन
खूंटी पर नाधा आ जोती टंगइलन
हांथ मलत बानी बैठल चुहानी में।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी