एगो उगल बा चान: हरेश्वर राय

एगो उगल बा चान
पिछुआरी में।

आम मोजराइल आ महुआ कोचाइल
कोइली के बोली में मिसिरी घोराइल
आके पसरल बसंत
फुलवारी में।

पियरी पहिनलस बधरिया गुजरिया
चह - चह भइली सांवरो बंसवरिया
चोन्हाए लगली पुरवा
बधारी में।

चाक जस नाचता मोर फुलवरिया
दुअरा प बरसता रंगवा अबिरिया
झारsतारी असीस भउजो
गारी में।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'