गजल बन गइल: हरेश्वर राय

दरदन के सब समेटनी त गजल बन गइल।
पियास में ओस चटनी त गजल बन गइल।।

रुखवन के संग पंछिन के इयारी पुरान।
साख आरी से छंटनी त गजल बन गइल।।

मस्त  दुनिया में अपना रही सन मछरी।
हम महाजाल डलनी त गजल बन गइल।।

ढीली दिहले रहीं हम प्यार के पतंग के।
ओके जसहीं लपेटनी त गजल बन गइल।।

केकरो संगवा नदी के बीच पंवरत रहीं।
हांथ से उनुका छूटनी त गजल बन गइल।।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी