किरिन बबीहरेश्वर राय

खुला बा जंगला
किरिन बबी आवs।

लेवा पुरान बा
ठंढा बिहान बा
कमरा के देहीं में
ईचको ना जान बा

मनवा बेराम बा
माथ सहलावs।

कंडा ओराइल
बोरसी सेराइल
मति हेराइल बा
मन बा डेराइल

आंखी समा जा
पपनी उठावs।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी