किरिन बबीहरेश्वर राय

खुला बा जंगला
किरिन बबी आवs।

लेवा पुरान बा
ठंढा बिहान बा
कमरा के देहीं में
ईचको ना जान बा

मनवा बेराम बा
माथ सहलावs।

कंडा ओराइल
बोरसी सेराइल
मति हेराइल बा
मन बा डेराइल

आंखी समा जा
पपनी उठावs।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'