महमूली बात ना ह

 तिरछोल के मनावल महमूली बात ना ह।
नीक सउदा  पटावल महमूली बात ना ह।।

बएल त किसिम - किसिम होखे लन स।
परुअवा के उठावल महमूली बात ना ह।।

अखड़ा में पटकनी देल अलग बात होला।
उखमंजल छोड़ावल महमूली बात ना ह।।

रसगुल्ला त केहूओ बना दी गोल- चापट।
जिलेबिया के बनावल महमूली बात ना ह।।

घोड़वा के लगाम ध के त केहू दउरा दीही।
भैंस प बैठके मकावल महमूली बात ना ह।।

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी लोकजीवन के अंग - नृत्य, वाद्य आ गीत - संगीत- प्रो. जयकान्त सिंह