फागुन चढ़ल बाटे बुढ़वा के कपार प

 फागुन चढ़ल बाटे बुढ़वा के कपार प
टूटत बा अंचार प ना।

गांजा मले चिलम बोझे सफिया फेर पेन्हावेला
दम लगाके गूलराम के बमबम बम बमकावेला
फेरु जाके भोंके ऊखवा में सियार प
टूटत बा अंचार प ना।

फगुआ चैता घोर घार के जोर जोर चिचियाला
हनुहारो आ रामा कहिके जगे जगे  ढिमिलाला
कबहूं गावे लागे गोरिया के सिंगार प
टूटत बा अंचार प ना।

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी