एगो लउकल हा चान दुपहरिया में

 बूटा गोटा वाली ललकी चुनरिया में
एगो लउकल हा चान दुपहरिया में।

आस्ते आस्ते गते गते हौले हौले ऊ
जाइ ढूकल बगल के फुलवरिया में।

दिल संता हमार भ गइल ह बेकरार
माला फेरे लगनी लेके अंगुरिया में।

मन बाकी हमार बेलगाम भइल हा
भरि लेलस ह जाके अंकवरिया में।

जाके नैना फंसल ह अलकजाल में
सोर मचल ह गउआं - सहरिया में।

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी