गजब हाल बा: हरेश्वर राय



रसगुल्ला खइला जमाना हो गइल
महंगा साबूदाना मखाना हो गइल।

मेहरारु के माथे एगो लइको भइल
त ऊहो ससुरा ऐंचा ताना हो गइल।

पियक्कड़ी के सवख अतना बा कि
दवा के दोकान मयखाना हो गइल।

अगहन तक बबवा माला फेरत रहे
फागुन से बबवा मौलाना हो गइल।

बिकास त देस में अतना भइल कि
घरे घरे एकsगो पयखाना हो गइल।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी