हमार भोजपुरी: हरेश्वर राय



हमार भोजपुरी हमार भोजपुरी
सुनरो से सुनरी हमार भोजपुरी।

भोर के ललाई ई शाम के सेनुरी
सरसों के पियरी हमार भोजपुरी।

राधा के मुस्की लवाही के गुल्ला
मधुरो से मधुरी हमार भोजपुरी।

मिसिर भिखारी के पूर्बी पेआरी
फूलन के दउरी हमार भोजपुरी।

अंगना के चौरा के तुलसी हई ई
मोहन के बँसुरी हमार भोजपुरी।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी