मुखिया चढ़ल बाड़न चनरा के कपार प: हरेश्वर राय



मुखिया चढ़ल बाड़न चनरा के कपार प
नमिनेसन कइलस पिअरो के बाजार प ना।

लमहर कुरुता बा सिअववले
ओह में भईंसा बा घुसववले
खुरिआ पटकत बड़ुए चउक प बाजार प
नमिनेसन कइलस पिअरो के बाजार प ना।

रोजे दिन दिन भ फेंकरत बा
सभके दिन भर मुंड चरत बा
रहि रहि टूटsत बाटे नेमुआ के आँचार प
नमिनेसन कइलस पिअरो के बाजार प ना।

जहवाँ भीड़ देखत बा चनरा
ओइजे बनि जाता बनबकरा
लोगवा मुँह चोरा के हँसत बा मक्कार प
नमिनेसन कइलस पिअरो के बाजार प ना।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'