दियरा जईसन: उमेश कुमार राय



रतिया के निहारे खातिर
तनी जगमगाए दs दिवाली जईसन
दोसरा के देखावे खातिर
तनी जल जाए दs दियरा जईसन ।

दोसरा के बुझावे खातिर
तनी मिट जाए दs पतंगा जईसन
दोसरा के छांह खातिर
तनी तनि जाए दs फेंड़ जईसन।

दुनियां के महकावे खातिर
तनी खिल जाए दs फूल जईसन
दोसरा के हर्षावे खातिर ,
तनी गूंथ जाए दs पुष्प जईसन।

ईमान-धरम खातिर
तनी बिक जाए दs हरिसचंदर जईसन
रतिया के सुकून खातिर
तनी चमक जाए दs चाँद जईसन।

भारती के सरियत खातिर
तनी मिट जाए दs शहीद जईसन
अपनन के आन खातिर
तनी झूल जाए दs भगत जईसन ।
सम्प्रति:
उमेश कुमार राय
ग्राम+पोस्ट- जमुआँव
थाना- पिरो
जिला- भोजपुर, आरा (बिहार)

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी