देशवा के सिपहिया: उमेश कुमार राय

गाँव-जवार
माई- मेहरिया
बाबू-काका
हीत-नाता
माई हो सब छुटल याद आवेला
का करीं सीमवा पर दुश्मन जोर मारेला।

बुचिया के किलकारी
माई के सनेहिया
लुगाई के पिरितिया
भईया के नेहिया
माई हो सब छुटल याद आवेला
का करीं सीमवा पर दुश्मन जोर मारेला।

संघतिया के सलहिया,
बाबू के कहलिया,
गउआँ के खोरिया,
काकी के बतिया ,
माई हो सब छुटल याद आवेला
का करीं सीमवा पर दुश्मन जोर मारेला।

होली के रंगवा,
दिवाली के दियावा,
दशहरा के मेलावा,
छठ के दउरवा,
माई हो सब छुटल याद आवेला
का करीं सीमवा पर दुश्मन जोर मारेला।

भौजी के मजकिया,
साली के ठिठोलिया,
गुरूजी के छड़िय ,
दादा के टहलिया,
माई हो सब छुटल याद आवेला
का करीं सीमवा पर दुश्मन जोर मारेला।

बुट के होरहवा,
ऊखिया के चोरिया,
आइस-बाईस,
लुका-छीपिया ,
माई हो सब छुटल याद आवेला
का करीं सीमवा पर दुश्मन जोर मारेला।
सम्प्रति:

उमेश कुमार राय
ग्राम+पोस्ट - जमुआँव
थाना- पीरो, जिला- भोजपुर (बिहार)

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'