बबुआ: उमेश कुमार राय

ई तS हमार
करेजवा के टुकड़ा हवन
अँखिया के पुतरी आ
कुलवा के चिराग हवन।

ई तS हमार
जिनगी के आस हवन
हमार परान आ
बुढ़ापा के लाठी हवन ।

मेहरी खिसियाले तS
कले-कले पोटियावेलन
हम समुझाईं तS
दउर-दउर डठियावेलन ।
सम्प्रति:
उमेश कुमार राय
ग्राम+पोस्ट - जमुआँव
थाना- पीरो, जिला- भोजपुर (बिहार)


लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी लोकजीवन के अंग - नृत्य, वाद्य आ गीत - संगीत- प्रो. जयकान्त सिंह