लतखोर: उमेश कुमार राय

मारS बड़नी,
चाहे लुकार,
धीरे सुहूराव,
चाहे पुचकार,
ई लतखोर हवन ना मनिहें।

अनकरे में डूबेलन,
अनकरे के बूझेलन,
सझुरावल के अझुरावेलन,
बुझल के धधकावेलन,
ई लतखोर हवन ना मनिहें।

गलत कहस,
चाहे सही,
बात ईनकरे रही,
सब बात जानेलन,
बाकी पने खूंटा गाड़ेलन।
ई लतखोर हवन ना मनिहें।

बात चलावे के,
बात फेरे के,
बात मिलावे के,
अउर बात टेरे के,
सभे इनका से सीखेलन,
ई लतखोर हवन ना मनिहें।
सम्प्रति:
उमेश कुमार राय
ग्राम+पोस्ट - जमुआँव
थाना- पीरो, जिला- भोजपुर (बिहार)


टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी