ई त जुगाड़ ह: उमेश कुमार राय



भईया हो ई त एहघरी के जुगाड़ ह,
झूठे के राई के बड़का पहाड़ ह।

अझुराईल काम त,
निमन-चिकन बतियावे के।
सझुराईल काम त,
भर-पेट लतियावे के।
छाँह कबो ना आई ई त ताड़ ह।
भईया हो ई त एहघरी के जुगाड़ ह
,
झूठे के राई के बड़का पहाड़ ह।

बुझारत मे पूछ खातिर त,
अपनों से अपना के झुरावे के।
छुरी चलावे खातिर त,
मधुर मुस्की दिखावे के।
ई ना बुझी भरल धूरतई के भाड़ ह।
भईया हो ई त एहघरी के जुगाड़ ह,
झूठे के राई के बड़का पहाड़ ह।

बनल सरकार के,
छनही में गिरावे के।
गिरल सरकार के,
छनही में बनावे के,
ईनकरा लगे भर दउरी जुगाड़ ह।
भईया हो ई त एहघरी के जुगाड़ ह,
झूठे के राई के बड़का पहाड़ ह।

अपने हेठे बाड़ त,
अनकरो के हेठिया देल।
केहु के ना बियहे देल,
सबकर ईजतियो के डठिया देल।
खुबे ई फटकाराला हेहर बाड़ ह।
भईया हो ई त एहघरी के जुगाड़ ह,
झूठे के राई के बड़का पहाड़ ह।
सम्प्रति:
उमेश कुमार राय 
ग्राम+ पोस्ट जमुआँव 
थाना - पीरो, जिला - भोजपुर, आरा

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

भोजपुरी कहानी का आधुनिक काल (1990 के बाद से शुरु ...): एक अंश की झाँकी - विष्णुदेव तिवारी