प्रवेशिका परीक्षा ( इंटरमीडिएट इक्जाम) भोजपुरी खातिर कुछ महत्वपूर्ण वस्तुनिष्ठ प्रश्न - उत्तर ( भाग -३ ): डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

१. डॉ. विद्या निवास मिश्र के जनम कब आ कहाँ भइल रहे?
उत्तर - १४ जनवरी , १९२६ ई. के उत्तर प्रदेश का गोरखपुर जिला के पकड़डीहा गाँव में।
२. ' मानिक मोर हेरइलें ' केकर ललित निबन्ध संग्रह ह?
उत्तर - डॉ. विद्या निवास मिश्र के।
३. अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के एगारहवाँ अधिवेशन के के अध्यक्षता कइले रहे?
उत्तर - डॉ. विद्या निवास मिश्र
४. अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन के एगारहवाँ अधिवेशन कब आ कहाँ भइल रहे?
उत्तर - २६-२७ मई १९९०, रेणुकूट, उत्तर प्रदेश में।
५. डॉ. विद्या निवास मिश्र के मातृभाषा का रहे?
उत्तर - भोजपुरी।
६. रामनाथ पाठक प्रणयी के जनम कब आ कहँवा भइल रहे?
उत्तर - ०५ जून, १९२१ के भोजपुर जिला के बनछुहाँ गांव में।
७. रामनाथ पाठक प्रणयी कवना कालेज में प्राध्यापक रहलें?
उत्तर - एच. डी. जैन कालेज, आरा में।
८. रामनाथ पाठक प्रणयी के कवन कवन भोजपुरी कविता संग्रह प्रकाशित बा?
उत्तर - कोइलर, सितार, पुरइन के फूल, कचनार, वरदान, सोना अइसन भोर आ आवत होइहें साँवरिया।
९. रामनाथ पाठक प्रणयी के मृत्यु कब भइल रहे?
उत्तर - १६ अगस्त, १९८७ ई. के।
१०. ' शरद ' कविता के कवि के ह?
उत्तर - रामनाथ पाठक प्रणयी
११. ' बाज उठल केकर दो पायल, के दो मुसुकाइल। शरद के लहँगा लहराइल। ' कवना कविता के पंक्ति ह?
उत्तर - ' शरद ' कविता के।
१२. शरद ऋतु में आकाश कइसन रहेला?
उत्तर - साफ।
१३. डॉ. राजेन्द्र प्रसाद सिंह कवना विधा के विद्वान हवें?
उत्तर - भाषा विज्ञान के।
१४. ' भोजपुरी प्रदेश में नीम, आम आ जामुन ' केकर लिखल आलेख ह ?
उत्तर - डॉ. राजेन्द्र प्रसाद सिंह के।
१५. नीम के एगो दोसर नाम का ह?
उत्तर - कीटक।
१६. अमावट कवना चीज के बनेला?
उत्तर - आम के।
१७. भोजपुरी क्षेत्र में दुल्हा के कवना लकड़ी के पीढ़ा दिहल जाला?
उत्तर - आम के।
१८. भोजपुरी अंचल में प्रायः काली स्थान केने होला?
उत्तर - पूरब।
१९. जमवट कवना लकड़ी के बनेला?
उत्तर -
जामुन के।
२०. जम्बुध्वज कवना भाषा के व्याकरणाचार्य रहलें?
उत्तर - पालि भाषा के।
२१. डॉ. राजेन्द्र प्रसाद सिंह कहँवा के रहे वाला हवें?
उत्तर - बिहार का सासाराम के।
२२. डॉ. शैलेन्द्र नाथ श्रीवास्तव के जनम कब आ कहँवा भइल रहे?
उत्तर - २० मार्च, १९३६ ई. के बिहार के भोजपुर जिला में।
२३. ' केकरा खातिर छठ ' केकर रचना ह?
उत्तर - डॉ. शैलेन्द्र नाथ श्रीवास्तव के।
२४. ' केकरा खातिर छठ ' कवना विधा के रचना ह?
उत्तर - कहानी।
२५. ' केकरा खातिर छठ ' कहानी के प्रबोध जी कहँवा नोकरी करस?
उत्तर - एगो मल्टीनेशनल कंपनी में।
२६. प्रबोध के माई केकरा खातिर छठ करे के मनता मनले रहली?
उत्तर - पोता खातिर।
२७. बुढ़ - पुरनिया लोग का का करे आवेला?
उत्तर - आदमी के पढ़े आवेला।
२८. आजकल परिवार के धारणा का हो गइल बा?
उत्तर - खाली मेहरारू आ बाल - बच्चा।
२९. चेखव के जनम कब आ कहँवा भइल रहे?
उत्तर - सन् १८६० ई. में रूस में।
३०. चेखव के गिनती कइसन साहित्यकार में होला?
उत्तर - कथाकार के रूप में।
३१. प्रो. प्रभुनाथ सिंह ' साल में एक बेर ' केकरा कहानी के अनुवाद कइले बाड़न?
उत्तर - रूसी कथाकार चेखव का कहानी के।
३२. ' साल में एक बेर ' के मुख्य विषय का बा?
उत्तर - ढ़हत सामंतवाद पर व्यंग्य कइल गइल बा।
३३. चेखव के मृत्यु कब भइल रहे?
उत्तर - २ जुलाई, १९०४ ई. के।
३४. पाण्डेय कपिल के जनम कहँवा भइल रहे?
उत्तर - सारन जिला के शीतलपुर बरेजा गाँव में।
३५. पाण्डेय कपिल कवना पद से सेवानिवृत्त भइल रहस?
उत्तर - बिहार सरकार का राजभाषा विभाग के उपनिदेशक के पद से।
३६. पाण्डेय कपिल अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन का कहँवा के अधिवेशन के अध्यक्ष रहलें?
उत्तर - गाजीपुर ।
३७. ' फुलसुंघी ' केकर लिखल उपन्यास ह?
उत्तर - पाण्डेय कपिल के।
३८. ' कह ना सकलीं ', ' जीभ बेचारी का करी ' आ ' भोर हो गइल ' केकर कविता संग्रह ह?
उत्तर - पाण्डेय कपिल।
३९. ' भोर हो गइल ' कविता में अँचरा से कवना चीज के गंध झरे के बात कहाइल बा?
उत्तर - महुआ के।
४०. ' भोर हो गइल ' कविता में कवना फूल के झरे के बात बा?
उत्तर - हरसिंगार के।
४१. ' भोर हो गइल ' कविता में कवना कवना चिरई के उलेख बा?
उत्तर - ललमुनियाँ आ मोर।
४२. सूर्य देव पाठक पराग के जनम कब आ कहँवा भइल बा?
उत्तर - २३ जुलाई, १९४३ ई. में सीवान जिला के बगौरा गाँव में।
४३. ' बिगुल ' पत्रिका के संपादक के ह?
उत्तर - सूर्य देव पाठक पराग
४४. हीरो चरित मानस, अछूत आ जंजीर पुस्तक के लेखक के ह?
उत्तर - सूर्य देव पाठक पराग।
४५. ' प्रेम के कलश ' कविता के कवि के ह?
उत्तर - सूर्य देव पाठक पराग।
४६. ' चंदन पथ पर/ आगे बढ़त रहीं/ आपन इतिहास/ रोज गढ़त रहीं। ' कवना कविता के अंश ह?
उत्तर - ' प्रेम के कलश ' के।
४७. ' प्रेम के कलश ' के कवि चंदन के गंध कहँवा बसावे के कहऽता ?
उत्तर - मन में।
४८. ' प्रेम के कलश ' कविता में कवन चीज के बीरवा काटे के कहल गइल बा ?
उत्तर - बीख के बीरवा।
४९. हरिशंकर वर्मा के जनम बिहार के कवना जिला में भइल रहे?
उत्तर - पूर्वी चम्पारन में।
५०. हरिशंकर वर्मा भोजपुरी साहित्य के कवना विधा के लेखक रहलें?
उत्तर - निबन्ध के।
५१. जीवन गीता, आखिरी गीत आ अहं बहुरूपिया निबन्ध संग्रह के निबन्धकार के ह?
उत्तर - हरिशंकर वर्मा।
५२. ' जनम आ छठी ' निबन्ध केकर लिखल ह?
उत्तर - हरिशंकर वर्मा के।
५३. ' जनम आ छठी ' निबन्ध में मालिक कतना साल में साधु हो गइलन?
उत्तर - छपनवाँ साल में।
५४. ' जनम आ छठी ' निबन्ध के राजनंदन बाबू के कवना साल में बियाह होता?
उत्तर - पच्चीस साल में।
५५. डॉ. परमेश्वर दूबे शाहाबादी कहँवा के निवासी रहलें?
उत्तर - बिहार का शाहाबाद जिला के।
५६. डॉ. परमेश्वर दूबे शाहाबादी कहँवा नोकरी करस?
उत्तर - जमशेदपुर का टेल्को कंपनी में।
५७. डॉ. परमेश्वर दूबे शाहाबादी का पी-एच. डी. के उपाधि कब मिलल?
उत्तर - मरणोपरांत।
५८. ' रूप के हिरन ' के कवि के ह?
उत्तर - डॉ. परमेश्वर दूबे शाहाबादी।
५९. ' रूप के हिरन ' कवना विधा के कविता ह?
उत्तर - नवगीत।
६०. ' रूप के हिरन ' कविता में कवि का कवन चीज के किलकारी सुनाई पड़त बा?
उत्तर - नदी के।
६१. डॉ. उषा वर्मा के जनम कहँवा के ह?
उत्तर - सीवान जिला के महमूदपुर गाँव के।
६२. डॉ. उषा वर्मा के कवन कहानी संग्रह अखिल भारतीय भोजपुरी साहित्य सम्मेलन से पुरस्कृत भइल बा?
उत्तर - लाइची।
६३. ' काकी के गहना ' कहानी केकर लिखल ह?
उत्तर - डॉ. उषा वर्मा के।
६४. गंगा प्रसाद अरुण के जनम कब आ कहँवा भइल रहे?
उत्तर - ४ जनवरी, १९४७ के रोहतास जिला के बढ़वल गाँव में।
६५. ' हहरत हियरा ' केकर गीत संग्रह ह?
उत्तर - गंगा प्रसाद अरुण
६६. ' लुकार ' भोजपुरी पत्रिका के संपादक के ह?
उत्तर - गंगा प्रसाद अरुण।
६७. ' अँखुआइल मन बिरवा, भावन के भेस में ' एकर लिखल नवगीत ह?
उत्तर - गंगा प्रसाद अरुण
६८. ' अँगुरी में डँसले बिया नगिनिया ' केकर लिखल पूर्वी गीत ह?
उत्तर - महेन्द्र मिसिर।
६९. ' कउआ हँकनी ' कवना विधा के रचना ह?
उत्तर - लोककथा।
७०. मंगलगीत में कवना देवी आ देवता का बिआह के बरनन बा?
उत्तर - गौरा जी आ शिव जी के।

सम्प्रति:

डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'
प्रताप भवन, महाराणा प्रताप नगर,
मार्ग सं- 1(सी), भिखनपुरा,
मुजफ्फरपुर (बिहार)
पिन कोड - 842001

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'