भोजपुरी गजल: उमेश कुमार राय

फोकटे में जिंनगी जियान हो गईल।
करवट बदले में रात से बिहान हो गईल।।

सबुर सहोदर आसरा के बा बनल ।
आस पर  बिसवास मेहरबान हो गईल ।।

अपने-आप आपन लोगवा बा बैरी बनल।
आपन अनकर के छनहीं में गेयान हो गईल

जवना से सजल महफिल भी उजाड़ बनल।
फिर से ओकर भान सेयान हो गईल।।

अपने आप में अपना के ढूढल पहेली बनल।
संगी-साथी भी सुनके हेरान हो गईल।।
उमेश कुमार राय
ग्राम+ पोस्ट- जमुआँव
थाना- पिरो
जिला- भोजपुर, आरा (बिहार) 

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'