बाकुड़ों की बलिदानी: उमेश कुमार राय



ठंडा खुनवा भी छनहीं में उबली-गरमाई।
सुतल गुमान छनही में अउजाई-अकुलाई।
फाँसी-गोली अब रउरा नजरी प नचिहे,
भगत-आजाद के जसहीं याद झीमीलाई।

हाहाकार अउर भगदड़ शत्रुदल में भईलन।
जब टाप के सुर तेगा-तलवार से मिललन।
गंगा माई कटल बांह बाकुड़ा के थाम लेली,
कुंवर सिंह तब आजादी साथ नाम जुड़लन

खोरिया में लोगन के बतकुचन अगराईल ।
बतिया के छिंउकी से खुशी हकाईल।
नयका सबेरवा जयहिन्द से गुंजे लागल ,
हाथ में तिरंगा जयघोष साथे सवाराईल ।

लक्ष्मी,नाना, सुभाष के लोगवा बिसारल।
संघर्ष काल की कृति आजादी बाद बगादल
महल-अटारी से ऊँचा आपन शान करके,
ईमान,रीति,नीति के छनिक लोभे हेरावल।

अकिल के नकल प बा सभे केहु अझुराईल।
सत्य-अहिंसा सब नेताजी लोग भुलाईल।
अंजू-पंजू मिल देश के खिल्ली उड़ावस।
देख राजघाट से गाँधीजी के मती हेराईल।
उमेश कुमार राय
ग्राम+पोस्ट- जमुआँव
थाना- पिरो
जिला- भोजपुर, आरा (बिहार)

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'