कुछ भोजपुरी दोहे: बिमल कुमार



दिल दिमाग में भरि गइल, जब ले फुहर बिचार।
मनई तब ले हो गइल, पसु बड़का खूंखार।।
××××××
उजियारा नोकर बनल, अँधियारा के गेह।
सूझे ना अब रासता, आस भइल सभ रेह।।
××××××
अँधियारा से लड़ि दिया, करे सदा उजियार।
देख नफा घाटा मनुज, लेला बदल बिचार।।
××××××
नेटा नकटी खोंट थुक, कींची अउर खखार।
गँवई बुतरू के हवे, मुखड़ा के सिंगार।।
××××××
कूद-कूद बानर नियन, देले सन हग मूत।
गँवई लरिकन के इहे, होला खास सबूत।।

सम्प्रति:

विमल कुमार
ग्राम +पोस्ट - जमुआँव, थाना- पीरो
जिला- भोजपुर,  आरा (बिहार)

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'