काहे ऊजबुजालs: उमेश कुमार राय



सीधे राहवा में, काहे भटभटालs ए भाई
भटक खुलजाई, काहे अऊँजालs ए भाई
अकबकईब तs, नीके उजबुक बन जईबs
अबकी दम लगाव त पार होईबs ए भाई।

बाकी लबरन से, छीनगाईल रहीह ए भाई
उ कतो अकबकइहें, ना झुझुअईह ए भाई
कवनो लफड़ा झमेला में, नाहीं अझुरईहs
दमी सधबs तs बुततो धधकीहन ए भाई।

केहु बघुआए तs, मति  भकुअईह ए भाई
भक मारी उनका त, तू बुझ जईब ए भाई
अपने खूब चोन्हईहन आउर अगरईहन 
खूँटा गड़ब आकाश में, त बुझीहन ए भाई।

बएरी मउरा सउरा के, ढेरे लोरईहन ए भाई
लोरा लोरा  के उ लारपुआर, होईहन ए भाई
तबो तूँ आपन रहिया, तनिको नाहीं भोरईह
अबकी दम लगाव त पार होईबs ए भाई।
सम्प्रति:
उमेश कुमार राय
ग्राम+पोस्ट- जमुआँव
थाना- पिरो
जिला- भोजपुर, आरा (बिहार)

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'