ई किरिया ह: उमेश कुमार राय

आखिर ई त हउए किरिया।
का इहे हउए राउर किरिया ?

संसद के ना कबो चले दिहल
विकास के संउसे फंड खईलs
तबो कबो ना डेकार लिहलs
कहाँ गईल संविधान किरिया
आखिर ई त हउए किरिया।

नयका अपराध के ढंग बनवलs
बचे खातिर हर उपाय सजवलs
छल - परपंच से बेगुनाह बनलs
कहाँ गईल गीता-कुरान के किरिया
आखिर ई त हउए किरिया।

घूस से आपन घर - बार बनल
क्रप्शन से आपन परिवार सजल
ईनसाफ के मजाक खूबे उड़ल
कहाँ गईल वर्दी आ फर्ज के किरिया
आखिर ई त हउए किरिया।

जब जीव सांसत में पड़ जाई
सग्गी भी मुंहवा फेर जाई
हर बचाव के उपइया टर जाई
ईमान-धरम जब तरजुई चढ़ जाई
तब जी-डाठी दे खाईला किरिया
आखिर ई त हउए किरिया।


उमेश कुमार राय
ग्राम+पोस्ट- जमुआँव
थाना- पिरो
जिला- भोजपुर, आरा (बिहार)

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'