भौंरा के पर काटल बा



फागुन के रंग
फाटल बा।

उड़े के मन
बड़ी करेला
बाकी जियरा
बड़ी डरेला

भौंरा के पर
काटल बा।

आपन होरी
आपन साज
रंगों आपन
आपन राग

हिगरावल बा
बाँटल बा।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी