तिरसंकु

तिरसंकु

गूंडा- मवालीन आ लूकड़न के राज बा
लंगवन- बहेंगवन के मुंडी पर ताज बा।

लुच्चन के, टुच्चन के, छतिया उतान बा
एहनी के इचिको ना डर बा ना लाज बा।

बोकड़न- लफंगन के चलती बा देस में
सहजे का एहनी के अपना पर नाज बा।

कुक्कुर के पोंछ अस एहनी के मोंछ बा
अंगुरिन में एहनी के भरल पोखराज बा।

हलिया हमार एने भइल बाटे तिरसंकु के
जमीनी प‌‌ सांप बा आ बदरी में बाज बा।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.


लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी