गजब हाल बा



लोग देसवा में लेइके सवाल घूमत बा
मोर बालम बिमान से नेपाल घूमत बा।

जेकरा टिकठ एमेले के चाहीं असों
ऊ कइ - कइ गो लेके दलाल घूमत बा।

जेकर रेकड़ पुरान जान मारे के बा
उ अंजुरिया में लेइके गुलाल घूमत बा।

जवन चोर- बटमरवन के सरदार बा
अपना संगे ऊ लेके कोतवाल घूमत बा।

जेकरा कठीयो जरावे के नइखे सहूर
ऊहो हाथ में उठवले मसाल घूमत बा।
हरेश्वर राय, सतना, म.प्र.

टिप्पणियाँ

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

मोरी मईया जी

जा ए भकचोन्हर: डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ. बलभद्र: साहित्य के प्रवीन अध्येता - विष्णुदेव तिवारी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'