गजब हाल बा
लोग देसवा में लेइके सवाल घूमत बा
मोर बालम बिमान से नेपाल घूमत बा।
जेकरा टिकठ एमेले के चाहीं असों
ऊ कइ - कइ गो लेके दलाल घूमत बा।
जेकर रेकड़ पुरान जान मारे के बा
उ अंजुरिया में लेइके गुलाल घूमत बा।
जवन चोर- बटमरवन के सरदार बा
अपना संगे ऊ लेके कोतवाल घूमत बा।
जेकरा कठीयो जरावे के नइखे सहूर
ऊहो हाथ में उठवले मसाल घूमत बा।