फगुनवा आइल सखी

उड़ि चललि तितिली आकास 
फगुनवा आइल सखी
लालेलाल भइल लाजे पलास
फगुनवा आइल सखी।

कुकु कोइलिया करेली फुलवारी
चहचह भइली बाबा के बँसवारी
चलल भँवरा बुझावे पिआस
फगुनवा आइल सखी।

ठुमुकि ठुमुकि के चलेली पुरवाई
मैना के मुँह से झरत बा मिठाई 
मोजर  छोड़त बा सुवास
फगुनवा आइल सखी।
----- हरेश्वर राय
15/02/2025

लोकप्रिय पोस्ट

मुखिया जी: उमेश कुमार राय

BHOJPURI Poems by Hareshwar Roy

मोरी मईया जी

सरभंग सम्प्रदाय : सामान्य परिचय - डॉ. जयकान्त सिंह 'जय'

डॉ रंजन विकास के फेर ना भेंटाई ऊ पचरुखिया - विष्णुदेव तिवारी