फुटानी में
फुटानी में
फुटानी में जी फुटानी में
गइली हमरी जवानी, फुटानी में।
फुटानी में जी फुटानी में
गइली हमरी जवानी, फुटानी में।
मति उपरजनी ना हरि नाम जपनी
माई मेहरिया के नाक कान बेंचनी
हेललि- हेललि भँइसिया पानी में।
देसवा समजवा के सेवा ना कइनी
खेते खरिहानी में कबहूँ ना गइनी
लगवनी खाली माजमा दलानी में।
बाबूजी कुफुती चिलारी पर गइलन
खूँटी पर नाधा आ जोती टंगइलन
हाँथ मलत बानी बैठल चुहानी में।
- हरेश्वर राय, सतना
माई मेहरिया के नाक कान बेंचनी
हेललि- हेललि भँइसिया पानी में।
देसवा समजवा के सेवा ना कइनी
खेते खरिहानी में कबहूँ ना गइनी
लगवनी खाली माजमा दलानी में।
बाबूजी कुफुती चिलारी पर गइलन
खूँटी पर नाधा आ जोती टंगइलन
हाँथ मलत बानी बैठल चुहानी में।
- हरेश्वर राय, सतना