आफातारा में
आफातारा में
आफातारा में जी आफातारा में जी आफातारा में
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
आँगन ओसारावा दुआरावा चिराइल
बीचहीं से तुलसी के चउरा फाराइल
मिलल दरकल देवालि हमरा बाखारा में
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
बगली में पइसल बा जेठवा महीना
कापारा प बइठल बा सहुआ कमीना
कुछु रोजहीं टूटत बा हमरा भितरा में।
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
आरे आईं आईं पंडिजी गोड़ लागतानी
बुचिया ले आउ माँजी लोटवा में पानी
जाँची भगिया हमार आपना पातरा में
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
हामार सपना रहे कि राह नया बनाइब
डगर- डगर नगर गाँव सुन्दर बनाइब
राहि कटलसि बिलाइ बीचहीं जतरा में
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
- हरेश्वर राय, सतना
आफातारा में जी आफातारा में जी आफातारा में
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
आँगन ओसारावा दुआरावा चिराइल
बीचहीं से तुलसी के चउरा फाराइल
मिलल दरकल देवालि हमरा बाखारा में
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
बगली में पइसल बा जेठवा महीना
कापारा प बइठल बा सहुआ कमीना
कुछु रोजहीं टूटत बा हमरा भितरा में।
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
आरे आईं आईं पंडिजी गोड़ लागतानी
बुचिया ले आउ माँजी लोटवा में पानी
जाँची भगिया हमार आपना पातरा में
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
हामार सपना रहे कि राह नया बनाइब
डगर- डगर नगर गाँव सुन्दर बनाइब
राहि कटलसि बिलाइ बीचहीं जतरा में
हामार जिउआ परल बा आफातारा में।
- हरेश्वर राय, सतना